ब्लॉगर (सर्विस)

विकिपीडिया से
Blogger
Blogger logo
साइट के प्रकार
Blog host
भाषाSee below
मूल देसUnited States of America
सर्विस के इलाकाWorldwide
मालिकGoogle
संस्थापकEvan Williams, Meg Hourihan
वेबसाइटwww.blogger.com
कॉमर्शियलYes
रजिस्ट्रेशनOptional, Free
लॉन्च भइलअगस्त 23, 1999; 24 साल पहिले (1999-08-23)[1]
वर्तमान स्थितिActive
प्रोग्रामिंग भाषाPython[2]

ब्लॉगर एगो अमेरिकी ऑनलाइन कंटेंट मैनेजमेंट सिस्टम हवे जे मल्टी-यूजर ब्लॉग छपावे के सुबिधा देला। ई सर्विस 1999 में पायरा लैब्स द्वारा शुरू कइल गइल रहे जेकरा के 2003 में गूगल खरीद लिहलस। गूगल एह सर्विस द्वारा ब्लॉग सभ के होस्ट करे ला आ ई ब्लॉग सभ blogspot.com नाँव के सबडोमेन से उपलब्ध होखे लें। केहू भी बेकती जेकरा लगे गूगल खाता होखे, एह सर्विस के इस्तेमाल फिरी में क सके ला आ आपन ब्लॉग वेबसाइट बना के छपा सके ला। एक ठो खाता से 100 गो ले ब्लॉग वेबसाइट चलावल जा सके लें। साथे-साथ ई मल्टी-यूजर ब्लॉग सपोर्ट करे ला जेकर मतलब ई बा कि कौनों एकही ब्लॉग के कई ठे गूगल खाताधारी लोग एडिट क सके ला; एहू के गिनती 100 लोग तक ले सीमित बाटे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "The Story of Blogger". Blogger.com. October 8, 2003. Retrieved December 25, 2011.
  2. Roger Chapman. "Top 40 Website Programming Languages". roadchap.com. Archived from the original on September 27, 2011. Retrieved September 6, 2011.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]

विकिमीडिया कॉमन्स पर Blogger से संबंधित मीडिया